[go: up one dir, main page]

Jump to content

योनी

विकिपीडिया से
योनी के चीन्हा के रूप में पाथर के बनल आकृती
कुंड में साम्हने के ओर के साइड पर बाहर के ओर निकलल हिस्सा योनी के चीन्हा होला
योग में बतावल योनि के मुद्रा

योनी भा योनि मनुष्य के मादा जननांग के धार्मिक रूप से पबित्र मानल जाए वाला चीन्हा के रूप में बनावल आकृति हवे। हिंदू धर्म के शाक्त आ शैव संप्रदाय में एकर खास चलन देखे के मिले ला।[1] ऋग्वेद[2] से ले के बाद के संस्कृत साहित्य में योनि शब्द के बिबिध अर्थ बा जिनहन के संबंध संतान पैदा करे से संबंधित बा आ मानव शरीर के एगो अंग के एह नाँव से जानल जाला। कई धार्मिक परंपरा सभ में, संतान के पैदाइश के मुख्य कारण के रूप में, एकरा के पबित्र मानल जाला आ एकरे चीन्हा (प्रतीक) के पूजा के बिधान बा। कई धार्मिक कर्मकांड सभ में ई छिपल रूप में भी मौजूद बा। यग्य में हवन कुंड भा यज्ञवेदी के खुदे भी योनि के रूप मानल गइल बा।[2][3]

  1. Editors, The. "yoni | Hinduism" (अंग्रेजी में). Britannica.com. Retrieved 2017-09-15. {{cite web}}: |last= has generic name (help)
  2. 2.0 2.1 Bhagwan Singh (2011). Hadappa Sabhyata Aur Vaidik Sahitya. Radhakrishna Prakashan Pvt Ltd. pp. 292–. ISBN 978-81-7119-301-1.
  3. Prachin Bharat ke Vaigyanik Karndhar. Subodh Pocket Books. pp. 553–. ISBN 978-81-85134-05-5.