चारमीनार
चारमीनार | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | हैदराबाद, तेलंगाना, भारत 17°21′42″N 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°Eनिर्देशांक: 17°21′42″N 78°28′29″E / 17.36163°N 78.47467°E |
धर्म/मत | इस्लाम |
राज्य | तेलंगाना |
देस | भारत |
धरोहर पहिचान | राष्ट्रिय महत्व के इस्मारक, UNESCO Tentative List |
Architectural description | |
आर्किटेक्चर | मीर मोमिन अस्तरवादी[1][2] |
आर्किटेक्चर इस्टाइल | भारतीय-इस्लामी आर्किटेक्चर |
Founder | मुहम्मद क़ुली क़ुतुब शाह |
बिसेस लच्छन | |
मिनारा | 4 |
मिनारा ऊँचाई | 48.7 मीटर (160 फीट) |
मटेरियल | ग्रेनाइट, चूना पाथर, मोर्टार आ संगमरमर |
चारमीनार भारत के हैदराबाद नगर मे एगो परसिद्ध भवन बा। एकर निर्माण 1591 मे भइल आ सऊँसे बिस्व मे ई हैदराबाद के चिन्हासी के रूप मे आ भारत के कुछू बहुते जानल-मानल बिल्डिंग सभ में गिनल जाए वाली बिल्डिंग बा। लमसम 400 बरिस से एकरे ऊपरी तल्ला प महजिद बा आ इहाँ कए तरह के मेला तिहुआरो मनावल जाला। ई हैदराबाद के सभसे ढेर देखल घूमल जाए वाला पर्यटक आकर्षण भी हवे।
चारमीनार मूसी नदी के पुरबी तीर पर बाटे आ एकरे लगे के इलाका भीड़भाड़ वाला बजार के इलाका हवे। एकरा पच्छिम ओर परसिद्ध लाड बजार बा जेकरा के चूड़ी बजार के नाँव से भी जानल जाला। एकरे दक्खिन-पच्छिम में मक्का महजिद बाटे।
हैदराबाद के कुतुबशाही बंस के शासक मुहम्मद कुली क़ुतुब शाह एह इमारत के बनववलें। ई इतिहासी धरोहर हवे। भारतीय आर्कियोलॉजिकल सर्वे के लिस्ट में ई भवन दर्ज बा आ ई एगो संरक्षित इमारत हवे।
फोटो गैलरी
[संपादन करीं]-
एगो मीनार
-
नगीचे से डिटेल
-
घड़ी
-
अंदर के हिस्सा
-
दुसरे तल्ला पर महजिद
-
चारमीनार के पैनोरमा व्यू
प्रभाव
[संपादन करीं]2007 में पाकिस्तान में रहे वाला हैदराबादी मुसलमान लोग कराची शहर के बहादुराबाद मोहल्ला में मेन चौक पर एह चारमीनार के एगो छोटहन नकल तइयार कइल।[3] ई बिल्डिंग मूल चारमीनार के छोटहन आ कम सजावटी नकल हवे बाकी एगो बहुत सुघर बिल्डिंग हवे। एह चौराहा के चारमीनार चौरंगी कहल जाला। 2015 में छपल एगो रपट के मोताबिक ई यूके के एगो संस्था द्वारा जारी लिस्ट में दुनियाँ के छठवाँ सभसे खूबसूरत गोलचक्कर के रूप में चिन्हित कइल गइल रहल।[4]
परसिद्ध चाकलेट बनावे वाली कंपनी लिंट (Lindt) के अडेलबर्ट बोशर एह बिल्डिंग के एगो छोट पैमाना पर मॉडल बनवलें जे 50 किलोग्राम चाकलेट से बनल रहे आ एकरा के बनावे में तीन दिन के समय लागल रहे। ई मॉडल हैदरबाद के वेस्टिन में 25 आ 26 सितंबर 2010 के नुमाइश खातिर रखल गइल रहे।[5]
चामीनार एक्सप्रेस भारतीय रेल के एगो रेलगाड़ी हवे जे एही बिल्डिंग के नाँव पर नाँव वाली गाड़ी हवे, ई हैदराबाद आ मद्रास (चेन्नई) के बीचा में चले ले।
पुराना समय के हैदराबाद रियासत में चले वाला सिक्का आ रुपिया के नोट सभ पर भी चारमीनार के बिल्डिंग के चित्र छपल रहे जे सभ ओह समय में चलन में रहलें।
ई इमारत हैदराबाद शहर के पहिचान के दर्जा हासिल क चुकल बाटे आ तेलंगाना राज्य के भी। ई तेलंगाना राज्य के राजकीय निशान पर दर्ज कइल गइल बा जेह में ई काकतीय तोरण (वारंगल गेट) के बीचा में देखावल गइल हवे।[6][7]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Here sleeps the earliest urban planner". The Hindu. Retrieved 2019-06-23.
- ↑ 22 Jun 2019 6:21 PM GMT (2016-04-05). "Remembering the man behind Charminar's architecture". Thehansindia.com. Retrieved 2019-06-23.
- ↑ M. Rafique Zakaria, Charminar in Karachi, Dawn, 22 April 2007
- ↑ "Karachi's Charminar Chowrangi featured in world's top roundabouts". The Express Tribune (अंग्रेजी में). 22 अगस्त 2015. Retrieved 5 मार्च 2022.
- ↑ A Charminar to drool and eat
- ↑ "Exclusive: Telangana to have unique logo". India Today (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-07-30.
- ↑ "Telangana State Emblem Looks Simple Yet Profound". The New Indian Express. Retrieved 2018-07-30.
ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |