[go: up one dir, main page]

Jump to content

क्लोरोफ्लूरोकार्बन

विकिपीडिया से

क्लोरोफ्लूरोकार्बन (अंग्रेजी: Chlorofluorocarbon) पूरा तरीका से हैलोजेनेटेड पैराफिन हाइड्रोकार्बन हवें जिनहन में खाली भर कार्बन (C), क्लोरीन (Cl) आ फ्लोरीन (Fl) होखे ला; इनहन के उत्पादन मीथेन, ईथेन आ प्रोपेन से होखे ला। डूपोंट के ब्रांड नाँव फ्रीऑन के नाँव से भी इनहन क आम पहिचान बाटे। इनहन में से सभसे आम चलनसार डाईक्लोरोडाईफ्लोरोमीथेन बा जेकरा के फ्रीऑन–12 के नाँव से भी जानल जाला।

कई सारा क्लोरोफ्लूरोकार्बन सभ के इस्तेमाल रेफ्रिजरेंट (ठंडा करे वाला) गैस के रूप में होखे ला; एरोसोल संबंधी काम में प्रोपेलेंट के रूप में होला; आ साल्वेंट (घुलाव वाला एजेंट) के रूप में होखे ला।

क्लोरोफ्लूरोकार्बन सभ के सभसे ज्यादा जिकिर ओजोन कटाव से जुड़ल बा आ एही कारन इनहन के उत्पादन मोंट्रियल प्रोटोकाल के तहत घटावल जा रहल बा आ इनहन के जगह हाइड्रोफ्ल्यूरोकार्बन सभ के इस्तेमाल कइल जा रहल बा।